बारूद
Appearance
बारूद जेकरा के अंग्रेजी में गन पावडर भा ब्लैक पाउडर कहल जाला, एक तरह के बिस्फोटक पदार्थ हवे जे चिंगारी पकड़ले पर तेज आवाज आ धुआँ के साथे तेजी से जरे ला। ई एक तरह के रासायनिक मिक्सचर हवे जेह में गंधक, चारकोल (मोलायम लकड़ी के कोइला) आ शोरा (साल्टपिटर) मिलल होला। एकरे बिस्फोटक लच्छन के कारण ई पड़ाका बनावे, बिबिध किसिम के बंदूक आ हथियारन में आ अउरी कई किसिम के बिस्फोट करे में इस्तेमाल होखे ला।
मनुष्य द्वारा बनावल ई पहिला बिस्फोटक पदार्थ हवे। आमतौर पर एह में 75% शोरा, 15% चारकोल आ 10% गंधक होला। चारकोल आ गंधक एकरा तेजी से जरे में ईंधन के काम करे लें जबकि शोरा ऑक्सीडाइजर होला।
संदर्भ
[संपादन करीं]ई रसायनशास्त्र-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |