Jump to content

बारूद

विकिपीडिया से
SM7Bot (बातचीत | योगदान) (→‎top: Find-replace, replaced: अंगरेजी → अंग्रेजी) के द्वारा 18:50, 3 जून 2023 के बदलाव
(अंतर) ← पुरान बदलाव | हाल के संसोधन (अंतर) | नया बदलाव → (अंतर)

बारूद जेकरा के अंग्रेजी में गन पावडर भा ब्लैक पाउडर कहल जाला, एक तरह के बिस्फोटक पदार्थ हवे जे चिंगारी पकड़ले पर तेज आवाज आ धुआँ के साथे तेजी से जरे ला। ई एक तरह के रासायनिक मिक्सचर हवे जेह में गंधक, चारकोल (मोलायम लकड़ी के कोइला) आ शोरा (साल्टपिटर) मिलल होला। एकरे बिस्फोटक लच्छन के कारण ई पड़ाका बनावे, बिबिध किसिम के बंदूक आ हथियारन में आ अउरी कई किसिम के बिस्फोट करे में इस्तेमाल होखे ला।

मनुष्य द्वारा बनावल ई पहिला बिस्फोटक पदार्थ हवे। आमतौर पर एह में 75% शोरा, 15% चारकोल आ 10% गंधक होला। चारकोल आ गंधक एकरा तेजी से जरे में ईंधन के काम करे लें जबकि शोरा ऑक्सीडाइजर होला।

संदर्भ[संपादन करीं]