केसर
Appearance
![premium saffron](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/8/8e/Saffron_salonik.jpg/220px-Saffron_salonik.jpg)
![](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/1/17/Saffron8.jpg/220px-Saffron8.jpg)
केसर चाहे जाफरान (अंग्रेजी: saffron) एक तरह के सुगंधित मसाला होला जे केसर के पौधा के फूल से निकालल जाला। फूल में बीचा में गहिरा नारंगी लर नियर बहरें निकलल संरचना होखे लीं जिनहन के एकट्ठा क के सुखा लिहल जाला। पकवान सभ में एकर इस्तेमाल महक आ सवाद ले आवे वाला छिड़काव के रूप में भी कइल जाला आ पकवान सभ में रंग ले आवे खातिर मिला के पकावलो जाला। केसर के रंग के खास केसरिया रंग भा ज़ाफ़रानी रंग के नाँव से जानल जाला।