लिंगानुपात
देस जहाँ औरतन के संख्या आदमिन से ढेर बा। देस जहाँ औरत मरद के अनुपात लगभग बराबर बाटे। (तीन अंक ले के अनुपात गणना में, 1.00 पुरुष आ 1.00 औरत)। देस जहाँ आदमिन के संख्या औरतन से ढेर बा। आँकड़ा नामालूम |
मानव बिज्ञान आ जनसंख्या बिज्ञान, में लिंगानुपात कौनों जगह के जनसंख्या में आदमी आ औरत सभ के संख्या के अनुपात होला। अधिकतर जीव सभ नियर मनुष्य में भी ई अनुपात 1:1 के होला। पुरा दुनिया में देखल जाय त 107 लड़िका आ 100 लइकी के अनुपात जनम के समय होला,[2] हालाँकि, ई संख्या बैज्ञानिकलोग के मंडली में बिबाद के बिसय भी बाटे। पुरा दुनिया के कुल आँकड़ा देखल जाय तब 100 औरत पर 101 आदमी के अनुपात पावल जाला,[3] आ लगभग 0.1 % से 1.7 % आबादी बीच के लिंग वाला लोग के बाटे (ई परिभाषा पर निर्भर करे ला)।[4][5]
भारत में लिंगानुपात प्रति 1000 पुरुष पर औरतन के संख्या के रूप में बतावल जाला आ 2011 के जनगणना के हिसाब से ई 943 (मतलब 1000 पुरुष पर 943 औरत)।
अलग-अलग क्षेत्र में ई आँकड़ा में काफी अंतर भी देखे के मिले ला। चित्र में पुरा दुनिया के नक्शा में एही के देखावल गइल बाटे।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ आँकड़ा के स्रोत: सीआइए वर्ल्ड फैक्टबुक [1]. नक्शा के रचना 2006.
- ↑ "CIA Fact Book". The Central Intelligence Agency of the United States. Archived from the original on 2016-08-21. Retrieved 2016-08-03.
- ↑ "CIA Fact Book". The Central Intelligence Agency of the United States. Archived from the original on 2010-01-05. Retrieved 2016-08-03.
- ↑ "How common is intersex? | Intersex Society of North America". Isna.org. Retrieved 2009-08-21.
- ↑ Fausto-Sterling, Anne (2000). Sexing the Body: Gender Politics and the Construction of Sexuality. New York: Basic Books. ISBN 0-465-07713-7.
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]- भारत के जनगणना रपट में लिंगानुपात (अंग्रेजी में)
ई लेख भूगोल शब्दावली की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |